• About Us
  • Contact Us
  • Disclaimer
  • Privacy Policy
Bharatmajha
  • Home
  • क्राइम
  • शेयर बाजार
  • धर्म
  • राजनीती
  • सिनेमा
  • लाइफस्टाइल
  • स्पोर्ट्स
  • विडियो
No Result
View All Result
  • Home
  • क्राइम
  • शेयर बाजार
  • धर्म
  • राजनीती
  • सिनेमा
  • लाइफस्टाइल
  • स्पोर्ट्स
  • विडियो
No Result
View All Result
Bharatmajha
No Result
View All Result
Home सिनेमा

भोजपुरी फिल्मन के फेवरेट लोकेशन हो गइल बा लंदन, पढ़ीं का बा कनेक्शन!

bharatmajha by bharatmajha
January 24, 2021
in सिनेमा
0
भोजपुरी फिल्मन के फेवरेट लोकेशन हो गइल बा लंदन, पढ़ीं का बा कनेक्शन!
0
SHARES
3
VIEWS
Share on FacebookShare on Twitter

भारत विश्व के नंबर वन फिल्म निर्माता देश ह. इहाँ लगभग 20 गो भाषा में 1500 से 1800 फिल्म के निर्माण हर साल होला. भारतीय फिल्म उद्योग एह साल 28 हजार करोड़ रुपया के हो गइल बा. ई आंकड़ा बतावे के हमार इहे मकसद बा कि भारतीय फिल्म उद्योग काफी वृहद आ समृद्ध बा. एही फिल्म जगत में एगो भोजपुरी फिल्म उद्योग भी बा. भोजपुरी फिल्मन के दर्शक वर्ग, दोसरा कई गो प्रादेशिक फिल्म उद्योग से काफी बड़ बा बाकिर एकर गुणवत्ता, बजट आ कलेक्शन ओकनी के तुलना में काफी कम बा.

भोजपुरी फिल्मन के जबसे आधुनिक दौर शुरू भइल बा, तबसे फिल्म निर्माण में बहुत अंतर आइल बा. फिल्म के तकनीक में अंतर आइल, कलाकार आ चरित्र निर्माण में अंतर आइल. कथा, कहानी के परिवेश में अंतर आइल. जइसे-जइसे समाज में अंतर आइल, सिनेमा के भी रूप बदलल. पहिले के भोजपुरी फिल्म के अधिकतर सेटअप गाँव-खेड़ा में होखे, अगर शहर के दृश्य होखे भी त नायक-नायिका भा कवनो कहानी के कवनो चरित्र उहाँ से गाँव में आवे.

जइसे-जइसे भोजपुरिया लोग रोजी-रोजगार, शिक्षा आ बेहतर जीवन के खोज में शहर के ओर पलायन कइले बा, ओसहीं भोजपुरी फिल्मन के किरदार भी गाँव के पगडंडी से शहर के तंग गलियन में शिफ्ट हो गइल बाड़ें. कुछ निर्देशक आ निर्माता लोग एक कदम आउर आगे बढ़के सात-समंदर पार ले पहुँच गइल बा.

का जाने काहें, लंदन से भारतीय लोग के बड़ा प्रेम बा. पहिले अंग्रेज रहलन सन त लंदन मजबूरी रहे, अब ऊ चल गइलन सन त मजा हो गइल बा. हिन्दी फिल्मन में एक बेरा जब भी एनआरआई हीरो भा हिरोइन आवे त ऊ अधिकांशतः लंदने से आवे. दिलवाले दुल्हनिया ले जाएंगे सबसे बड़ उदाहरण बा, जेमें हीरो आ हिरोइन लंदन के रहत बा बाकि एक-दूजा के होखता आके एह भारत के धरती पर. ओइसहीं भोजपुरी में भी आजकल लंदन में रहेवाली भारतीय लइकी भा लंदन में रहेवाला भारतीय लइका के बीच के रोमांस फ़िल्मी कहानी के रूप में खूब देखावल जा रहल बा.जइसे औरी फिल्म इंडस्ट्री में कवनो फार्मूला हिट हो जाला, त भेंड चाल शुरू हो जाला, ओइसहीं भोजपुरी में भी. हीरो भा हिरोइन के लंदन कनेक्शन वाला कई गो फिलिम एह दरम्यान बनल बाड़ी सन. एह श्रेणी में सबसे पहिला फिल्म बा, 2006 में आइल मनोज तिवारी आ उर्वशी चौधरी के फिल्म बलमा 420. एह फिल्म में अपना समय के मशहूर कॉमेडियन आ पिछला साले दुनिया छोड़ के जाये वाला जगदीप के भी अहम भूमिका रहे. उनका के लोग सूरमा भोपाली के नाम से ज्यादा जानेला. एकर निर्माता तन्मय सेनगुप्ता रहलें आ निर्देशक रहलें 2020 में दुनिया के अलविदा कहे वाला भोजपुरी के क्लासिक निर्देशक असलम शेख. फिल्म के कहानी रहे एगो विदेश चल गइल बेटा-पतोहू आ माई के, जवन विदेश जाके घर परिवार के भुला जातारsसन. फेर माई आ छोटका बेटा मनोज अउरी जगदीप के कैरेक्टर कइसे पूरा परिवार के मिलावता, इहे कहानी बा.

असलम शेख के निर्देशन में एगो अउर फिलिम पिछला साले लंदन में शूट होत रहे. तब तक कोरोना आ गइल आ शूटिंग रोक के सभे के स्वदेश लौटे के पड़ल. फिलिम निरहुआ के हिट फिल्म दूल्हे राजा फ्रेंचाइजी के दूसरा फिल्म रहल ह. लॉकडाउन के दरम्यान ही एह फिल्म के निर्देशक असलम शेख के देहांत हो गइल जवना के कारण फिल्म के बाकी शूटिंग उनके बेटा आ निर्देशक इम्तियाज़ शेख बंटी कइले हं. फिल्म में निरहुआ के साथ आम्रपाली दुबे आ मधु शर्मा के मुख्य भूमिका बा. ई फिल्म लंदन में पलाइल-पोसाइल दूगो बहिन के कहानी बा जवन स्वभाव में एक दूसरा के विपरीत ध्रुव बाड़ी सन, एगो संस्कारी बिया त एगो जरूरत से ज्यादा मॉडर्न. ई फिल्म जल्दी दर्शकन खातिर प्रदर्शित होई.

निरहुआ के ही एगो औरी फिल्म लंदन के पृष्ठभूमि में बनल आ शूट भइल, निरहुआ चलल लंदन. ई फिल्म निरहुआ के सुपरहिट फ्रेंचाईजी के फिल्म रहल. जवन पिछला साले रिलीज भइल आ औसत व्यवसाय कइलस. फिल्म में आम्रपाली के बाबूजी एगो गैंगस्टर से अपना बेटी के बचावे खातिर दोसर गैंगस्टर से बियाह तय कर देत बाड़ें. लेकिन ऊ भारत के निरहुआ से प्यार करत बाड़ी. बाकी कहानी अपना प्यार के पावे खातिर नायक के संघर्ष के बतावत बा. चंद्र पंत के निर्देशन में ई फिल्म बनल रहे.

एह नया साल में खेसारी लाल यादव के भी एगो फिल्म रिलीज भइल ह जवन लंदन में शूट भइल रहे. दुल्हिन वही जो पिया मन भाए फिल्म के नाम ह आ एह बेरा फिल्म के प्रदर्शन हो रहल बा. ई यशी फिल्म्स के बैनर तले बनल बा अउरी रजनीश मिश्रा के लेखन निर्देशन बा. फिल्म में काजल राघवानी आ मधु शर्मा के मुख्य किरदार बा. कहानी में खेसारी बंबई में लिट्टी बेचे वाला बनल बाड़ें जिनका ओहिजा के भरतवंशी लड़की से प्यार हो जाता. ओकरा से ऊ बियाह करे खातिर माई बाप के सहमति लेबे भारत आवे तारें आ परस्थितिवश उनकर बियाह गाँव के लड़की से हो जाता. फेर जोड़ा लंदन आवsता आ शुरू होता लव त्रिकोण के कथा.

रजनीश मिश्रा के निर्देशन में एगो औरी अनाम फिल्म के शूटिंग लंदन में पूरा भइल ह. इहो फिल्म में खेसारीलाल यादव आ मधु शर्मा के मुख्य किरदार बा. फिल्म के नाम आ कहानी के बारे में अभी कुछ हिंट ता ना मिलल ह बाकिर फिल्म लंदन पृष्ठभूमि पर बनल सब फिल्मन में सबसे हटके साबित होई.

मधु शर्मा लंदन में एगो औरी फिल्म शूट कइली ह जे में उनकर हीरो पवन सिंह बाड़ें. फिल्म यशी फिल्म्स के बैनर से बनल बा आ निर्देशक पराग पाटील बाड़ें. ई फिल्म के नाम अभी निर्धारित नइखे भइल. पिछले महिना एकर शूटिंग पूरा भइल बा.

भोजपुरी प्रोड्यूसर के लेके का कहली अभिनेत्री मधु शर्मा

मधु शर्मा से भोजपुरी फिल्मन के लगातार शूटिंग लंदन भइला के बारे में जब पुछनीं त ऊ कहली कि लंदन एतना सुंदर जगह बा कि उहाँ के जगह के फिल्मन में खूब एक्सप्लोर कइल जा सकेला. हमार 4 गो फिल्म लंदन में शूट हो चुकल, जे में से तीन गो प्री प्रोडक्शन में बा. लंदन के एयर क्वालिटी अच्छा बा एहीसे सीन भी सुंदर लागेला. ऊ आगे कहेली कि भोजपुरी के प्रोड्यूसर लोग के दाद देबे के पड़ी कि एतना कम बजट के फिल्म भइला के बाद भी लंदन जइसन जगह पर शूटिंग करे के हिम्मत देखावत बा लोग. अगर भोजपुरिया दर्शक के प्यार मिली त अउर भी जगह फिल्मन के शूटिंग जोर शोर से होई आ ऑडियंस के नया-नया लोकेशन देखे के मिली.

पवन सिंह भी लंदन में एक साथे दूगो फिल्म के शूटिंग कइले हं. उनके दुसरका फिल्म कन्नड आ तमिल सिनेमा के खूबसूरत हिरोइन हर्षिका पूनाचा के साथे शूट भइल ह. फिल्म के नाम अभी फाइनल नइखे भइल. एह फिल्म के निर्देशक प्रेमांशु सिंह बाड़ें आ निर्माता अभय सिन्हा. लंदन में शूट होखे वाला सबसे ज्यादा फिल्म अभय सिन्हा के प्रोडक्शन में बनल बा.

भोजपुरी के ग्लोबल पहचान बनावे में लागल बाड़े निर्देशक रजनीश मिश्रा

न्यूज़ 18 खातिर हमरा (मनोज भावुक) से बातचीत में रजनीश मिश्र बतवलें कि जब भोजपुरिया पूरा दुनिया में रहतारे त विदेश भा लन्दन में शूटिंग काहें ना. आखिर भोजपुरिआ के ग्लोबल चेहरा के सिनेमा में उतारल भी तs हमनिये के जिमेवारी बा. दोसर बात लन्दन में प्रशासन बहुत मदद करेला आ शूटिंग शांति पूर्ण ढंग से खूबसूरत लोकेशन पर हो जाला.

आगे अउर भी फिल्म लंदन भा दोसरा कवनो देश में शूट होखे वाला बाड़ी सन. बस लोकेशन के साथे-साथे कहानी आ निर्माण में भी सुखद बदलाव होखे त भोजपुरी के भाग जरूर बदली. (लेखक मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा के वरिष्ठ स्तंभकार हैं. )

Source link

Previous Post

NCB busts drug racket based out of Pakistan and Sri Lanka

Next Post

Varun Dhawan car met with an accident in Alibaug before marriage, he going to a bachelor party | शादी से पहले अलीबाग में हुआ Varun Dhawan की कार का एक्‍सीडेंट, जा रहे थे बैचलर पार्टी में

Next Post
Varun Dhawan car met with an accident in Alibaug before marriage, he going to a bachelor party | शादी से पहले अलीबाग में हुआ Varun Dhawan की कार का एक्‍सीडेंट, जा रहे थे बैचलर पार्टी में

Varun Dhawan car met with an accident in Alibaug before marriage, he going to a bachelor party | शादी से पहले अलीबाग में हुआ Varun Dhawan की कार का एक्‍सीडेंट, जा रहे थे बैचलर पार्टी में

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

  • About Us
  • Contact Us
  • Disclaimer
  • Privacy Policy

Copyright 2020 Bharat Majha - Designed by Traffic Tail

No Result
View All Result
  • Home
  • क्राइम
  • शेयर बाजार
  • धर्म
  • राजनीती
  • सिनेमा
  • लाइफस्टाइल
  • स्पोर्ट्स
  • विडियो

Copyright 2020 Bharat Majha - Designed by Traffic Tail

WhatsApp us

x

More Information